11.1 C
Ranchi

BREAKING NEWS

Advertisement

Bhojpuri News Bulletin: भोजपुरी में फटाफट देखीं बिहार के बड़हन खबर, जानी आपन प्रदेश अउर शहर के हाल

Bhojpuri News बिहार में सियासी हलचल से लेके अपराध अउर शिक्षा से जुड़ल हर तरह के घटना के खबर भोजपुरी में देंखी . साथे ताजा खबर से अपडेट रहे खातिर prabhatkhbar.com पर बनल रहीं.

1. RJD के विधायक सर्वजीत संभलन कृषि विभाग के कमान.

RJD विधायक सर्वजीत कुमार कृषि विभाग के कमान संभाल ले लन. कृषि मंत्रालय संभाले से पहिले उकंरा पास पर्यटन विभाग के कमान रहे.

2. लालू यादव के मोहन भागवत पे हमला.

RJD सुप्रीमो लालू यादव एक ट्वीट कर आरएसएस प्रमुख मोहन भागवत सहित नरेंद्र मोदी पे हमला बोलेलन. लिखलन कि RSS के ठग विद्या से प्रशिक्षित एवं संघ के महा झूठी, महा कपटी पाठशाला से निकलल जुमला बाज विद्यार्थी ही सालाना 2 करोड़ नौकरी प्रतिवर्ष देवे के वादा कर वोट बटोरेला?

3. दरभंगा में खुली केंद्रीय संस्थान.

दरभंगा के एक अऊर केंद्रीय संस्थान मिले जाता. इहां एविएशन सेक्टर के विभिन्न सिविल सेवा खातिर युवा सबके प्रशिक्षण दिहल जाई.

4. दरभंगा एयरपोर्ट खातिर नया रास्ता खोलल गईल.

दरभंगा एयरपोर्ट जाये खातिर नया रास्ता यात्री सब खातिर खोल दिहल गईल बा. उद्घाटन के करीब चार माह बाद इ रास्ता नियमित तौर पे खोल दिहल गईल बा.

5. 11 सूत्री मांग के लेके हड़ताल पे डॉक्टर सब.

बिहार स्वास्थ्य संघ के द्वारा गुरुवार से हड़ताल के आवाह्न कईल गईल बा. डॉक्टर बायोमेट्रिक अटेंडेंस अऊर 11 सूत्री मांग के लेके हड़ताल पे जात बा लोग.

6. बिहार में दस्तावेज के सत्यापित कॉपी भईल महंगा.

बिहार के निबंधन कार्यालय के रिकॉर्ड रूम में रखल दस्तावेज के खोजल अऊर ओकर सर्टिफाइड कॉपी लीहल अब महंगा हो गईल बा.

7. पटना में मूर्ति विसर्जन के दौरान बड़ हादसा.

पटना में मूर्ति विसर्जन के दौरान तीन युवक गंगा नदी में डूब गईलन. ऐकरा बाद नदी थाना के पुलिस स्थानीय मछुआरों के मदद से युवक सबके खोज के निकलस.

8. बगहा में घर में सुतल लड़की के बाघ बनइलस शिकार.

पश्चिम चंपारण के बगहा में आदमखोर बाघ एकबार फेर स्थानीय के अपना शिकार बनईले बा. बुधवार रात के घर में सुतल एक अऊर लड़की के बाघ मार डाललस.

9 . बढ़ रहल बा गंडक के जलस्तर.

लगातार दु दिन से नेपाल में मूसलाधार बारिश के बाद गंडक के जलस्तर बढ़े लागल बा. बाल्मिकीनगर बराज से 2 लाख 80 हजार क्यूसेक पानी गंडक नदी में छोड़ल गईल बा.

10. बिहार के आधे दर्जन जिला में मौसम विभाग के अलर्ट.

मौसम विभाग बिहार के आधा दर्जन जिला में बारिश के अलर्ट जारी कईले बा. बांका, भागलपुर, दरभंगा, जमुई अऊर कैमूर, लखीसराय, मुजफ्फरपुर, पूर्वी चंपारण में मेघ गर्जन, वज्रपात अऊर बारिश के लेके अलर्ट जारी कईले बा.

Prabhat Khabar App :

देश, एजुकेशन, मनोरंजन, बिजनेस अपडेट, धर्म, क्रिकेट, राशिफल की ताजा खबरें पढ़ें यहां. रोजाना की ब्रेकिंग हिंदी न्यूज और लाइव न्यूज कवरेज के लिए डाउनलोड करिए

Advertisement

अन्य खबरें

ऐप पर पढें